गीत- १- धीया के करेजवा साले ए राम
शेर- बेटी के दिल दूखाई मत दहेज के कारण,
केह के दिल
दुखाई मत दहेज के कारण ।
श्री
आशावादी के बतिया इ मान लीं,
चटुकी भर
सेनुरा ला तरसाई' मत दहेज के
कारण ।
गीत- चूट्की भर सेनुरा मएनवा,
धीया के
करेजवा साले ए राम ।
बिलखेली बेटी
ए मएनवा,
अँखिया से
लोरवा झड़ ए राम ।
दिनवा
बितावे धीया भूखिया पियसिया,
रतिया
बितावे बेटी बाबा आँखि नींदिया।
धरम के देश
इ मएनवा,
धीया के दरद
ना जाने ए राम ।। चुटुकी'
फूल लेखाँ
बेटी से ना केहूके पिरीतिया,
माँगि के
दहेज ऊ बढ़ावेला इज्जतिया ।
बड़का इज्जतिया
मएनवा,
बेटीके ना
दुख तनि बुझे ए राम । चुटुकी'
देवी देवता
के सब लोग गोहरावेला,
शदिया में
शिवजी के गीत सब गावेला ।
देवी के
पूजारी ए मएनवा,
नोट खातिर
बेटियन के जारे ए राम॥ चुटकी'
श्री नाथ"आशावादी" बहू के ना प्यार बा,
जाहिल समाज
में ना बेटी के उद्धारबा ।
देवता बा
उहे ए मएनवा,
धीया के
दरदिया जे बाँटे ए राम ॥ चूटकी
No comments:
Post a Comment