Showing posts with label नाश करे देशवा के नाश कइलस. Show all posts
Showing posts with label नाश करे देशवा के नाश कइलस. Show all posts

Friday, November 8, 2024

नाश करे देशवा के नाश कइलस

 

नाश करे देशवा के नाश कइलस ।

भाई गंदा केसेटवा विनाश कईलस ।।

झुलनी नथुनिया के गीतवा सुनाके,

लइका लइकिया के पागल बना के ।

सबके जिनिगिया के नाश कइलस । भाई

 

लाज हया पियलस केसेटवा के गाना ,

लंगटे बा नाचत बेशर्मी जमाना।

सोना अइसन देशवा के नाश कइलस । भाई

 

"आशावादी" कहे भाई जिनगी बनाव,

 गंदा केसेटबा ना केहु के सुनावअ।

राम के धरतिया के नाश कइलस । भाई""

 

 

My Blog List

Followers

Total Pageviews