चले साजन के साथ दुलह्विनिया रे
चले साजन के साथे दुलहिनिया रे ।
जइसे चंदा के संगे चंदनिया रे ॥
सुन्दर चेहरा इ कमल के बा फूलवा बनल,
आँख दीखे जइसे फूलबा पर भौरा बइ ठल ।
चमके चाँद अइसन सोना के नथुनिया रे।
चले साजन के साथ दुलह्विनिया रे
चले साजन के साथे दुलहिनिया रे ।
जइसे चंदा के संगे चंदनिया रे ॥
दुनू सेव अइसन दौखेला लाल गालवा,
नाक सुगवा इ देखि के लुभाय जाला।
काला केश ज इसे काली नगीनिया रे ।
चले साजन के साथ दुलह्विनिया रे
चले साजन के साथे दुलहिनिया रे ।
जइसे चंदा के संगे चंदनिया रे ॥
गरदन हवे कपोत कंठ कोईलिया,
दाँत चमक ता जइसे ह बिजुरिया ।
गाल लजाईल जइसे अंजनिया रे,
कजरारी आँख में झलके जादू गरिया रे।
महके रजनीगंधा से बथनिया रे।
चले साजन के साथ दुलह्विनिया रे
चले साजन के साथे दुलहिनिया रे ।
जइसे चंदा के संगे चंदनिया रे ॥
ओठ ललना जइसे रस से भरल,
बोली पियरी जइसे गागरिया छलकल।
साजन के नयनवा में परल जादू,
एगो निगाह में बान चलल सादू।
सभी देख खुश घर मचनिया रे ।
दुनू सेव अइसन लाल लाल गालवा,
नाक सुगवा देखि सब भइल बेहालवा।
काला केसवा जैसे रात के घटरिया,
उहे सजा के चलली फूलन के बगरिया।
इहे बा भैया भउजी प्रेम कहानिया रे ।
चले साजन के साथ दुलह्विनिया रे
चले साजन के साथे दुलहिनिया रे ।
जइसे चंदा के संगे चंदनिया रे ॥
No comments:
Post a Comment