एके हई हम
सब ललनवा ए भाई, एही भारत माई के,
एही भारत
माई के हो, एही भारत माई के । एके""
हिन्दू
मुसलमान सब गले गले मिल ल ,
गले गले मिल
ल हो गले गले मिलल
एके समान
सिख इसाई, ए भाई, एही भारत माई के । एके........
ना मिली रहब
त एक दिन रोअब एक दिन रोअब हो एक दिन रोअब ।
तोड़ दीहें
माई के कसाई, ए भाई, एही भारत माई के । एके..."
सबकर देशवा
ह इहे धरतिया इहे धरतिया हो इहे धरतिया।
मर ले हमीम, भगत भाई ए भाई, एही भारत माई के । एके
बड़ा बा
कसइया जे हमके लड़ावे हमके लड़ावे हो हमके लड़ावे ।
फेरमें ना
पड़अ केहू भाई, ए भाई, एही भारत माई के । एके'
No comments:
Post a Comment